मेरे यार की शादी - सीजन - 2
"एह सीजन में रउआ देखब कि विशु आ कट्टा के दोस्ती में जवन दरार आईल रहे, का ऊ भर पा......more
"एह सीजन में रउआ देखब कि विशु आ कट्टा के दोस्ती में जवन दरार आईल रहे, का ऊ भर पाई? आ ओही दौरान उनकर जिनगी में जवन नई मुसीबत आवे वाली बा, ओकरा से कइसे विशु आ कट्टा मिलके लड़े के पड़ी। साथे-साथ रउआ ई जानब कि का विशु के नौकरी लाग पाई आ ओकर बियाह हो पाई कि ना? ई कहानी दोस्ती, संघर्ष आ सपना के पूरा करे के जद्दोजहद पर आधारित बा। देखल जाई, ई दोस्ती आ सपना के सफर कइसे पूरा होला।
Episode 1
प्रेम-धागा
29 m
"एहमें रउआ देखबऽ कि विशाल आ कट्टा के दोस्ती में दरार आवे के बाद कहानी कइसे आगे बढ़े ला। कहानी में नया मोड़ तब आई, जब एगो नया किरदार के एंट्री होखी, जे गांव में कोल्ड ड्रिंक के फैक्ट्री लगावे के कोशिश करत बा। ई नया किरदार गांव के राजनीति आ विशाल-कट्टा के रिश्ता पर कइसा असर डाली, आ का ई फैक्ट्री गांव में लग पाई, एह सब सवाल के जवाब रउआ एही एपिसोड में देखबऽ। तैयार रहीं, एकदम नया ट्विस्ट आ संघर्ष खातिर!
Episode 2
सादगी
33 m
"ऋचा फैक्ट्री लगवावे के सोचत बा, आ अगर ओकर जॉइनिंग रुकल ना त ऊ गाम छोड़ के चल जाई। अब विशाल के सामने ई बड़की मुसीबत खड़ा बा कि ई सब कइसे संभाले। रउआ देखबऽ कि विशाल ई समस्या से कइसे निपटे ला, आ ऊ ऋचा के गांव में रोक पाई कि ना। ई सब कुछ देखे के मिली एह एपिसोड में।
Episode 3
इम्तिहान
25 m
"एह एपिसोड में कट्टा भी विशाल के मनावे के कोशिश करेला कि उ ई सब झंझट से दूर रह जाए। दोसरा ओर सरपंच विशाल के मुसीबत अउरी बढ़ा देवे ला। अब देखल जाई कि का सरपंच विशाल के रोक पाई कि ना। एह कहानी में दोस्ती, संघर्ष आ राजनीति के खेल अउरी दिलचस्प हो जात बा।
Episode 4
ललकार दे
29 m
"विशाल अब खुलल जंग के ऐलान कइले बा, आ ऊ युद्ध के मैदान में उतर गइल बा। दोसरा ओर, विशाल के लागता कि कट्टा सरपंच से मिल गइल बा। ई कहानी अब अउरी दिलचस्प हो जात बा। देखीं, इलेक्शन स्पेशल एपिसोड में, कइसे विशाल आपन लड़ाई लड़ेला आ का ऊ कट्टा आ सरपंच के सच्चाई के जान पाई। ई एपिसोड राजनीति, दोस्ती आ विश्वास के काहानी के नया मोड़ पर ले जाई।
Episode 5
परिणाम
28 m
"सगरी दिक्कत के बाद अब विशाल के जिनगी में एगो अउरी नई समस्या खड़ा हो गइल बा। लेकिन एह सब के बीच एगो खुशी के खबर बा—विशाल के रिश्ता पक्का हो गइल बा। अब देखल जाई कि विशाल के शादी कइसे होखे वाला बा आ ई नया मोड़ ओकरा जिनगी में का रंग लेके आई। ई एपिसोड देखके सबकुछ साफ हो जाई। तैयार रहीं, शादी के धमाल आ नयका ट्विस्ट खातिर!