पाली का पिल्ला
नाम अउर शोहरत के भूखा एक पुलिस वाला के ,ज़िंदगी मे तब अंधकार हो जाला जब ऊ 8 साल ......more
नाम अउर शोहरत के भूखा एक पुलिस वाला के ,ज़िंदगी मे तब अंधकार हो जाला जब ऊ 8 साल के एगो सीरियल किलर लइका के कम आंकेला। ओकर ज़िंदगी के बदले वाला केस अब ओकर ज़िंदगी बदल देवे वाला डरावना कहानी बन जाला।
Episode 1
जानवर
25 m
पूरा गाँव में एगो बहुत खतरनाक सीरियल किलर के आतंक मचल बा जे बेरहमी से लइकन के हत्या कर रहल बा...सब गाँव के लोग अपना लइकन के सुरक्षा के लेके बहुत चिंतित बा। पुलिस गांव के कुछ लोग प शक करत हत्यारा के खोजे में हर संभव कोशिश करतिया।
Episode 2
पिल्ला
20 m
सब बच्चा डर से घर से बाहर निकलल बंद क देले बाड़े अउरी पुलिस के नजर हर चीज़ प बा। एतना सब के बावजूद पिंकुआ के बहिन गाँव से लापता हो जाले। पुलिस रिपोर्ट से पता चलता कि सब हत्या हल्का पत्थर से माथा प 8-10 बेर मार के होखता। पुलिस एगो सीरियल किलर के पकड़े खातिर एगो मनोचिकित्सक के मदद लेत बिया.
Episode 3
किलर
18 m
कहानी में एगो अनोखा मोड़ आवेला जब पुलिस एगो 8 साल के बच्चा के सीरियल किलर के रूप में पहचान करेला। का ई मासूम बच्चा अपराध के चक्र से बाहर निकल पाई? कि ऊ अपराध के शिकार बनके रह जाई?
Episode 4
ठंडा हवा
21 m
का पिंकु के पुलिस अपने चंगुल में फ़सा ली अउर का होई मीडिया के सामने अंबर पांडेय का बोलिहन जब उन पर पिंकु के उठा के लावे और ओकरा के मारे के इल्ज़ाम लगी।
Episode 5
बदला
26 m
शातिर पिंकु अंबर पांडेय के लइक के मार दी ? अंबर पांडेय अपना लइका के बचा लिहन ? आख़िर का होई इ अंबर पांडेय के ज़िंदगी के?