प्रेम नगर - सीजन 2
ई कहानी बा सोनू के, जवन एगो मनचला लइका ह। ई बिना माई के लइका के देखभाल ओकर बाबू......more
ई कहानी बा सोनू के, जवन एगो मनचला लइका ह। ई बिना माई के लइका के देखभाल ओकर बाबू रोशन करेले । रोशन के बस एके सपना बा – "हमार बेटा बढ़िया से पढ़े-लिखे आ बढ़िया नंबर लेके आवे।" एही खातिर रोशन दिन-रात मेहनत करके कमाई करेला। लेकिन, सोनू एगो भयंकर बेमारी के शिकार हो जाला, जेकरा नाम बा इश्क। अब सोनू आपन बाबू के सपना पूरा कर सकेला या फेर लइकी के सपना में खुद के भुला दी? ई त पूरा वेब सीरीज देखला के बादे पता चली!
Episode 1
मिलाप
19 m
इतिहास एगो बेर फेर से अपने आप के दोहरावे लागल बा। सोनू आ रवीना के भागे के बाद, समाज उनकर खून के पियासा हो गइल बा। अब रोशन आ बबिता आखिर का फैसला ली? का प्यार जीती, या फेर बहाई लहू?
Episode 2
राजू की यारी
20 m
रवीना के बारे में एगो कड़वा सच जनला के बाद, रोशन जबरदस्ती सोनू के रिश्ता कहीं अउरी पक्का कर देला। ओही तरफ, राजू के मदद से सोनू आ रवीना भागे के प्लान बनावे ले । का बा रवीना के सच, आ का ई दुनो भागे में कामयाब होई?
Episode 3
ईश्क का बंटवारा
35 m
कवनो गलत हरकत होखे के चलते रोशन आ बबिता के पीछे सरपंच आ ओकर आदमी हथियार लेके पड़ जाला। एगो तरफ सरपंच के हाथ रोशन आ बबिता लागे वाला बा, त दूसरी ओर सोनू रवीना से अलग होखे के फैसला कर लेला। आखिर अब का मोड़ ली बाप-बेटा के प्रेम कहानी?
Episode 4
कश्ती अर किनारा
22 m
आखिर रोशन बबिता से आपन दिल के बात बता देला, लेकिन सरपंच के घर में बबिता के बियाह के चर्चा चले लागल बा। का रोशन आ बबिता के प्यार शुरू होखे से पहिले ही खतम हो जाई?
Episode 5
तड़प
14 m
बाबिता रोशन से आपन प्यार के इजहार करेली, लेकिन रोशन कवनो मजबूरी में पड़के मना कर देला। घर अइला के बाद रोशन के पता चलेला कि बाबिता के रिश्ता लेके लोग आ रहल बा। आखिर का बा रोशन के मजबूरी?
Episode 6
कहाणी के भीत्तर कहाणी
18 m
सोनू के बाबू रोशन आपन प्रेमिका के घरे नौकर बनके काम करेला। लेकिन का बा रोशन के अतीत के राज? का सोनू के प्यार खातिर ओकर गुस्सा आ तकलीफ ओही अतीत के कारण बा?